Marbo Re Sugwa Dhanukh Se Lyrics
नारियलवा जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)
ऊ जे केरवा जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)
अमरुदवा जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)
ऊ जे सेववा जे फरेला खबद से
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)
सभे फलवा जे फरेलन खबद से
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)
ऊ जे सुगनी जे रोवेली वियोग से
आदित होई ना सहाय
(आदित होई ना सहाय)
आदित होई ना सहाय
देव होई ना सहाय
(आदित होई ना सहाय
देव होई ना सहाय)
नारियर जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए
ओह पर सुगा मेड़राए
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय
सुगा दिहली जुठियाय